
“Saj Ke Sawar Ke” is a new bhojpuri song sung by Khesari Lal Yadav.
राजा, कइलऽ बियाह, तू मोटा जइबऽ हो Lyrics
सजके-सँवरके जब आवेलु, ए रानी, दिनवे में मन गबड़ावेलु
राती में सपना तू अपना देखाके हमरा के काहे दुबरावेलु?
राजा, कइलऽ बियाह, तू मोटा जइबऽ हो
खइबऽ मेहरी के हाथे त गोटा जइबऽ हो
सुनी ला, सादी से होला बरबादी
तबो त दिनोदिन बढ़ऽ ता आबादी
मरदे के मन ह, बिछिलिए नु जाला
बढ़ेला load तब जाके पछताला
अबे से काहे डेरवावेलु, ए गोरी? हरियर गछिया सुखावेलू
राजा, कइलऽ बियाह, तू मोटा जइबऽ हो
खइबऽ मेहरी के हाथे त गोटा जइबऽ हो
सुनी ला, प्यार नीक लागेला कुँँवार में
मेहरी का करी मरद रही जब उधार में?
रानी, अंबानीयो के झर जाला पानी
होला demand जबले रहेला जवानी
कइसन भेद बतावेलु, ए रानी? चेहरा प अहरा जरावेलु
राजा, कइलऽ बियाह, तू मोटा जइबऽ हो
खइबऽ मेहरी के हाथे त गोटा जइबऽ हो
More Details
- Song: Saj Ke Sawar Ke
- Singer: Khesari Lal Yadav
- Copyright Label: © 2017 Wave Music